उ कहत रहले अच्छा दिन
अच्छा दिन अब आइल बा
जोड़ घटाव अब का करी
गणित कुल्हि गबराईल बा
गैस भइल महंगा
बोलs चूल्हा कइसे बराई हो
100 के पेट्रोल भइल
मोटरसाइकिल अब बन्हाई हो...
सब कुछ बेचाते बा
तबो खजाना घटल बावे !
त हरेक माल अब 100 के क द
इहे दिन नु बचल बावे ?
साँच साँच बतावा एतना
पइसा कहाँ धराई हो..
100 के पेट्रोल भइल
मोटरसाइकिल अब बन्हाई हो...
केतना बढ़िया स्टार्टअप होता
इतिहास नया लिखाई हो
अब नु भइल मेक इन इंडिया
जब चूल्हा में गोइठा बराई हो
चढ़ता अब नसे नस
जनता कहता बाबु माई हो
100 के पेट्रोल भइल
मोटरसाइकिल अब बन्हाई हो...
धरती पे अब जियल ना जाइ
ले चला उपर सरह पे !
इसरो के सेटेलाइट से मर्दे
भेज द मंगल गरह पे
तू बईठ के एहिजा राज करs ?
गरीब गाय नियन दुहाई हो ?
100 के पेट्रोल भइल
मोटरसाइकिल अब बन्हाई हो....
Ещё видео!